web analytics

नेशनल हेराल्ड के चालबाजी पर कानूनी कार्रवाई के विरोध करत बिया कांग्रेस

महज पाँच लाख रुपिया लगा के नेशनल हेराल्ड के हजारन करोड़ के संपति हथिया लेबे वाला महतारी बेटा के चालबाजी पर डा॰ सुब्रह्मण्यम स्वामी के अदालती कार्रवाई से नाराज कांग्रेस के सांसद आजु लगातार चउथो दिने राज्यसभा ना चले दिहलें.
कांग्रेसियन के कहना बा कि सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी के कवनो जालसाजी भा चालबाजी का खिलाफ कानूनी कार्रवाई ना होखे के चाहीं. आ अदालत अगर करत बिया त केन्द्र सरकार ओकरा के रोके के इंतजाम करो.
ई लोग भुला गइल बा कि एही लोग के सरकार तेरह साल ले गुजरात के चुनाइल मुख्यमंत्री का खिलाफ हर तरह के झूठ मुकदमा चलावल लोग बाकिर तब एको बेर ऊ आदमी ना कहलसि कि सरकार राजनीतिक दुर्भावना से काम करत बिया आ अदालत से पाक साफ बरी हो गइल.
अगर सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी कवनो गलत काम नइखे कइले त एह लोग के परेशानी कवना बात के बा? कानूनी लड़ाई लड़ के अपना के पाक साफ साबित करवा लेव लोग. बाकिर एह लोग के मालूम बा कि सगरी चालबाजी के भेद खुल जाई आ एह लोग के बाचल मुश्किल बा एही चलते एह तरह के राजनीतिक बवाल करत बा लोग आ देश के संसद नइखे चले देत.

 293 total views,  5 views today

%d bloggers like this: