अगर बिहार सरकार के बात सही मानल जाव त अगिला महीना पहिला जनवरी से बिहार सरकार के आफिस ईआफिस बन जइहें स आ सगरी काम इलेक्ट्रानिक तरीका से होखे लागी आ कागजी कार्रवाई ना होखला से लोग के बहुते सहूलियत हो जाई आपन काम निकलवावे में. एह टेबल से ओह टेबल ले फाइल ले जाए आ एह काम में होखे वाला भ्रष्टाचार से मुक्ति मिल जाई लोगन के. शहर के बाहरो गइल अधिकारी आपन काम कर सकी.
बाकिर लालू जइसन इमानदार आदमी के गार्जियनशिप में चलेवाली सरकार में कतना इमानदारी से काम हो सकी एकर अंदाज लगावल मुश्किल ना होखे के चाहीं.
245 total views, 5 views today