देश के सुप्रीम कोर्ट आजु बिहार सरकार के ओह कानून के सही मान लिहलसि जवना में भठियारा सरकारी कर्मचारियन के संपति जब्त करे के व्यवस्था बा. अलग बात बा कि चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ जमानत पर छूटल लालू प्रसाद आजु बिहार सरकार के गार्जियन बनल बइठल बाड़न आ भठियारा भा चोर नेतवन के संपति जब्त करे के कवनो व्यवस्था नइखे बनावल गइल. बिहार के मुख्यमंत्री त खुलेआम कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के आ राहुल गाँधी के कारनामन के तरफदारी करत कह दिहले बाड़न कि केन्द्र सरकार एह लोग के परेशान मत करे आ एह लोग के कारनामा का खिलाफ कवनो एक्शन मत लेव.
सुप्रीम कोर्ट ओडिशो सरकार के विशेष भ्रष्टाचार कानून के सही ठहरवले बिया.
302 total views, 2 views today