पटना के कुम्हरार थाना के पुलिस छपरा सदर प्रखंड के चनचौरा का लगे से एगो झोलाछाप डॉक्टर के ध ले गइल. ओकरा पर पटना के एगो सर्जन डॉ. सुनील कुमार से दू करोड़ के रंगदारी मांगे के अछरंग लगावल गइल बा.
पकड़ाइल डाक्टर भीष्म कुमार सिंह एगो रिटायर्ड रेल कर्मचारी के बेटा ह आ दरियापुर इलाका के सैदपुर गांव के हवे. डुमरिया पंचायत के पहिले मुखियापति रहल डॉ. सुमेश राम किहां ओकरा आना जाना होत रहुवे. डॉ. सुमेशो के पुलिस पूछताछ ला पटना ले गइल बाकिर पूछताछ का बाद उनुका के छोड़ दिहलसि.
छपरा पुलिस का लगे एह बारे में कवनो पुख्ता जानकारी नइखे कि पूरा मामिला का बा.