प्रशासन के सलाह मानत बलिया के तीन गो काॅलेज – कुंवर सिंंह, टीडी, आ सतीश चन्द्र – के छात्र संघ चुनाव एके दिने करावे के फैसला लीहल गइल बा. एह खातिर 18 तारीख के नामांकन होखी आ 27 तारीख के वोट पड़ी.
परचा दाखिल करे वाला के चार सौ से ले के पाँच सौ रुपिया के शुल्क राखल गइल बा.
वोट के गिनिती चुनाव का बाद ओही दिने करा लीहल जाई.
341 total views, 2 views today