काल्हु बलिया में एगो राजनीतिक गोल के जिला सम्मेलन भइल जवना में दिल्ली से आइल ओकर नेता कहलन कि देश में अब गाय बकरी के राजनीति ना चली. शायद ऊ कहल चाहत रहलन कि अब कुकुरन वाली राजनीति चलल करी जवना के नमूना देश के एगो राज्य देख रहल बा.
भठियरपन के खिलाफ राजनीति चलावे के बात करे वाला लोग काल्हु तब भड़क उठल जब एगो अधिकारी के दफ्तर आ डेरा पर सीबीआई छापा मार दिहलसि. एह छापा से घबराहट अतना अधिका हो गइल कि एह गोल के नेता आपन संस्कार देखावल शुरू क दिहलन आ सगरी सभ्यता के ताखा पर राखत बदजुबानी पर उतर गइलन. आ ओह पर से ताव अतना कि कहलन कि हमार त जुबाने खराब बा सामने वाला के त करम खराब हो गइल बा.
178 total views, 2 views today