web analytics

गांधी सेतु के अगल बगल दू गो पीपा पुल

पटना हाजीपुर के बीच बनल गाँधी सेतु पर आए दिन लागे वाला जाम से निजात दिआवे ला बिहार सरकार पुल के दुनू ओर पीपा पुल बनावे के फैसला कइले बिया. एह पीपा पुलन के काम बुध का दिने दिआइओ गइल. एकरा साथही पश्चिम चम्पारण के पुजहा से जगीराहा घाट का बीचो पीपा पुल बनावे ला एजेंसी तय हो गइल बा.
तीनो पुल पर एही महीना से काम शुरु हो जाई. गाँधी सेतु का बगल में बने वाला पीपा पुल एकतरफा होखीहें सँ. एगो पटना ओर त दुसरका हाजीपुर ओर के वाहन खातिर होखी.

 404 total views,  2 views today

%d bloggers like this: