एह घरी गोपालगंज में जम के पाला पड़त बा आ एकरा चपेटा में आ के दू जने के मौत हो गइल बा. मरेवालन में कुचायकोट प्रखंड के चाड़ी दुर्ग गांव के एगो छात्रा के मौत बुध का दिने भइल. ऊ स्कूल जात रहुवे जब बीचे राह में पाला का चलते ओकर मौत हो गइल. दुसरका मौत सिधवलिया के जगदीशपुर पंचायत के बसहां गांव में एगो बूढ के भइल बा जे रात के सूतल बाकिर राते में ओकर मौत हो गइल.
207 total views, 5 views today