web analytics

डाक टिकटन पर ना लउकिहें अब इन्दिरा भा राजीव

जमाना ले देश पर शासन करे वाला नेहरू गाँधी परिवार के लोग अब टिकटो पर ना नजर आ पाई. एक जमाना उहो रहल जब हर काम, हर योजना एही लोग का नाम पर चलत रहुवे. सगरी डाकटिकट दबा के इन्दिरा आ राजीव वाला टिकट सटावल जात रहुवे. बाकिर समय बदल गइल आ नेहरू गाँधी परिवार के राज खतम हो गइल त अब योजना त योजना, डाकोटिकट पर से एह लोग के चेहरा गायब होखे के तइयारी हो गइल बा.
डाक महानिदेशालय का तरफ से सगरी डाकघरन से जानकारी मांगल गइल बा कि इन्दिरा आ राजीव के फोटो वाला कतना डाकटिकट अबहीं ले बाचल बा. जनवरी ले एह बारे में जानकारी दे देबे के बा. बाचल टिकटन के वापस ट्रेजरी में जमा करावे के निर्देश दीहल गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: