web analytics

बिहार सरकार पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज खोले के एलान कइलसि

बियफे का दिने स्वास्थ्य विभाग के समीक्षा बइठक में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार के स्वास्थ्य क्षेत्र के बरियार बनावे ला अनेके बड़हन फैसला लिहलन. राज्य में पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज, सगरी मेडिकल कॉलेजन में नर्सिग कॉलेज, अनुमंडलन में एएनएम स्कूल आ हर जिला में जीएनएम स्कूल खोले के फैसला लीहल गइल बा. पीएमसीएच, एनएमसीएच आ आईजीआईसी के विश्व स्तर के बनावल जाई. सगरी जिला अस्पतालमन में दस बेड के आईसीयू रही जवन अबले चार बेड के बावे. हर जिला के एडिशनल प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्रन में रेडियोलॉजी आ पैथोलॉजी जांच के सुविधा दीहल जाई. सगरी मेडिकल काॅलेजन में पीपीपी मोड में एमआरआई अउर सिटी स्कैन मशीन लगावल जाई.

 346 total views,  2 views today

%d bloggers like this: