यूपी के जिला पंचायतन के अध्यक्ष चुनाव के तारीख काल्हु बियफे का दिने अधिसूचित क दीहल गइल. पहली जनवरी का दिने परचा दाखिल करावल जाई आ ओहि दिने एकर जाँचो कर लीहल जाई. 4 जनवरी ले नाम वापसी हो सकी आ ओकरा बाद जहाँ जरुरी होखी तहां सात जनवरी के चुनाव करा लीहल जाई.
एह अधिसूचना का साथही राज्य भर में जिलाधिकारियन आ पुलिस अधीक्षकन के तबादला पर रोक लाग गइल बा.
पंचायत अध्यक्ष खातिर आरक्षणो के सूची जारी हो गइल बा. एहमें भोजपुरी इलाकन में शामिल इलाहाबाद आ गोण्डा महिला वर्ग ला आ भदोही अन्य पिछड़ा वर्ग के महिला खातिर आरक्षित भइल बा. बस्ती, संत कबीर नगर, आजमगढ़, चन्दौली, अउर मिर्जापुर के अनारक्षित राखल गइल बा. पिछड़ा वर्ग ला गोरखपुर, महाराजगंज, देवरिया, मऊ, गाजीपुर, जौनपुर, सोनभद्र आ भदोही के आरक्षित कइल गइल बा. अनुसूचित जाति के उम्मीदवारन ला सिद्धार्थनगर, कुशीनगर, बलिया, अउर वाराणसी के आरक्षित कइल गइल बा.
221 total views, 5 views today