web analytics

हादसा आ अपराध से जुड़ल खबर यूपी से

गाजीपुर जिला के भुड़कुड़ा इलाका के दलित बस्ती में ऊँख पेरत एगो आदमी के गमछी ओह में धरा गइल आ ऊ गमछी का साथही मशीन में खिंचात चल गइल. एह हादसा में ओकर ठावें पर मौत हो गइल.
आजमगढ़ जिला के जहानागंज इलाका के दयालापुर गाँव का नियरा एगो स्कार्पियो का धक्का से टेम्पो पलट गइल. एह हादसा में टेम्पो चलावे वाला के मौत हो गइल आ एगो सवारी घवाहिल हो गइल. मरे वाला चालक ताड़ी गाँव के रहलन.
जौनपुर जिला के रामपुर इलाका के आशापुर गाँव में एगो आदमी के अपहरण क के ओकर हत्या कर दीहल गइल. मरे वाला नवही गाँव के परधानी के चुनाव लड़ले रहल. एह मामिला में नयका परधान आ उनुका भाई का खिलाफ मुकदमा लिखावल गइल बा.
आजमगढ़ के पवई इलाका में काल्हु चक धुधरी गाँव का लगे एगो बाइक पलटला से ओह पर सवार एगो औरत के मौत हो गइल आ बाइक चलावे वाला घवाहिल हो गइल.
बलिया के सुखपुरा में पिछला दिने गोली लगला से भइल मौत के मामिला में पुलिस कृष्णा के मौत के खुदकुशी मनलसि आ ओकरा मेहरारू के एह खातिर उकसावे का आरोप में गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. हिरासत में लीहल ओकरा ससुर के छोड़ दीहल गइल.

 175 total views,  5 views today

%d bloggers like this: