web analytics

अपराध आ हादसा के खबर आजमगढ़, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया से

आजु शनिचर का दिने आजमगढ़ जिला के सिधारी इलाका के बेलइसा में सबेरे टहले निकलल उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के को-ऑपरेटिव सेल अध्यक्ष अउर एडवोकेट राजनारायण सिंह के गोली मार के हत्या क दीहल गइल.
गोली लगला का बाद उनकर मौत ठांवे पर हो गइल.
सोनभद्र जिला के कोठा टोला इलाका के एगो खदान भसला का चलते एगो मजदूर के दबा के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले. घटना शुक के साँझ भइल.
चुनावी रंजिश का चलते गाजीपुर जिला के बरेसर इलाका के रेवा गाँव में एगो अधेड़ दीपचन्द्र राजभर के जान ले के ओकर लाश गाछ पर टाँग दीहल गइल. शुक का सबेरे लोग लाश देखल त एह हत्या के जानकारी मिलल. मरेवाला के मेहरारू का शिकायत पर पाँच जने का खिलाफ नामजद केस लिखावल गइल बा.
गाजीएपुर के मुहम्मदाबाद में एक जने बैंक से करीब साढ़े चार लाख रुपिया निकाल के मोटर साइकिल के डिक्की में रखलन आ बाजार करे निकल गइलें. एगो दवाई के दुकान का सोझा मोटर साइकिल खड़ा क के बाजार में गइलन तबले पहिले से पीछे लागल बदमाश डिक्की तूड़ के रुपिया ले के परा गइलें. बाद में पुलिस घेराबन्दी कइलसि बाकिर उचक्का ना धरइले सँ.
सिकन्दरपुर बलिया रोड पर खड़सरा का लगे शुक का भोर में एगो जीप आ पिकअप वान का टक्कर में दू जने के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलन.

 316 total views,  2 views today

%d bloggers like this: