ऑस्ट्रेलिया जाए वाला टीम के एलान
December 19, 2015
आजु शनिचर का दिने आस्ट्रेलिया जाए वाला क्रिकेट टीम के एलान हो गइल. बीसबीसा में युवराज सिंह आ आशीष नेहरा के लीहल गइल बा बाकिर एकदिना में युवराज के नइखे राखल गइल. एकदिना में मोहम्मद शमी आ रवींद्र जडेजा के ले लीहल बा. शमी के बीसबीसो टीम मे राखल गइल बा. बीसबीसा में हरभजन सिंह आ सुरेश रेनो बाड़न. तेज गेंदबाज ऋषि धवन आ बरेंदर सिंह सरन के टीम में जगहा मिलल बा.
दुनू टीम के कप्तान महेन्द्र सिंह धोनिए के राखल गइल बा.
एकदिना टीम में महेन्द्र सिंह धोनी के कप्तानी में शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, अजिंक्य रहाणे, मनीष पाण्डेय, आर अश्विन, रविन्द्र जडेजा,मो. शमी, अक्षर पटेल, इशान्त शर्मा, उमेश यादव, गुरकीरत सिंह, ऋषि धवन आ बरेन्द्र सरन के राखल गइल बा.
बीसबीसा टीम में महेन्द्र सिंह धोनी के कप्तानी में शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, अजिंक्य रहाणे, युवराज सिंह, सुरेश रैना, आर अश्विन, रविन्द्र जडेजा,मो. शमी, हरभजन सिंह, उमेश यादव, हार्दिक पाण्ड्या, भुवनेश्वर कुमार आ आशीष नेहरा के राखल गइल बा.