web analytics

चन्दौली में मेडिकल काॅलेज

वाराणसी के अगल बगल के इलाका के लोग के बढ़िया इलाज मुहैया करावे ला यूपी सरकार चंदौली में सरकारी मेडिकल काॅलेज खोले के फैसला लिहले बिया. एही महीना में एकर नींवो डाल दीहन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. एह मेडिकल काॅलेज में 150 सीट पर एमबीबीएस कोर्स के दाखिला मिले के बात बतावल जात बा.
मोदी सरकार के भूमि सुधार बिल पास ना करवला का चलते होखत परेशानी का चलते सकलडीहा तहसील के माधोपुर गाँव में उद्यान विभाग के जमीन एह मेडिकल काॅलेज खातिर देबे के मंजूरी दे दिहले बिया सरकार.
यूपी के ई सोरहवां सरकारी मेडिकल काॅलेज होखी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: