बिहार के नीतीश सरकार शराबबन्दी मामिला पर जोरदार पल्टी मरले बिया। पहिले कहलसि कि अगिला वित्त बरीस से बिहार में पूरा नशाबन्दी लागू हो जाई. बाकिर अब कहत बिया कि शराबबन्दी थोड़ थोड़ क के कइल जाई. सबले पहिले देशी शराब बन्द होखी.
विदेशी शराब राज्य के गांव देहात में ना मिली बाकिर शहरन में एकर बाकायदा दोकान खोल के बेचल जाई. नीतीश कुमार के मेहरारूवन के उकसावत कहले बाड़न कि अगर कतहीं कवनो देशी शराब के भट्ठी लउके त तूरते भसा देव लोग. पुलिस ओह लोग के सहायता करी.
342 total views, 2 views today