पहिले हवा बनावे के कोशिश करत कांग्रेसियन के कहना रहुवे कि सोनिया आ राहुल बेल बांड ना भरी लोग आ जेल जाए ला तइयार बा लोग। बाकिर समय रहते बुद्धि खुल गइल आ आजु पटियाला कोर्ट में पचास पचास हजार के बेल बांड भ दीहल लोग जवना का बाद अदालत एह लोग के जेल भेजे के जरुरत ना देखलसि।
एकबेर अरविन्द केजरीवाल झोंक में आ के बांड ना भरले रहलन त जेल जाए के पड़ गइल रहुवे आ बाद में हाईओ कोर्ट इहे कहलसि कि बिना बांड भरले राहत नइखे मिले वाला। उहे याद रहल होखी महतारी बेटा के।
अब मांगल जमानत मिलला क बाद कंग्रेसिया अइसन कूदत बाड़े कि लागत बा कि मुकदमे जीत लिहले। जबकि अब 20 फरवरी का दिने फेरु हाजिर होखे के बा अगिला तारीख पर।
325 total views, 5 views today