web analytics

विधवा के हाथ के बनल खाना के विरोध का बाद प्रधानाध्यापिका निलंबित

गोपालगंज के जिलाधिकारी राहुल सिंह बरौली प्रखंड के कल्याणपुर मध्य विद्यालय के प्रधानाध्यापिका पुष्पा राय के निलंबित करे के आदेश जारी क दिहले बाड़न. पुष्पा राय पर आरोप बा कि स्कूल में मिड डे मील बनावे के काम एगो विधवा के हाथ से होखे के गाँव वालन के विरोध से निपटे में ऊ उदासीन रवैया देखवली आ एह विरोध के सलटावे में सक्रिय भूमिका ना देखवली. गाँव के लोग विद्यार्थियन के मिड डे मील खाए पर रोक लगा दिहले रहलें आ स्कूल में ताला मार दिहले रहलें.
बाद में जानकारी मिलल त जिलाधिकारी अपने चहुँपलन आ ओही विधवा के हाथ से बनल खाना स्कूल के सगरी विद्यार्थियन के साथ खा के विरोध खतम करवलन.

 280 total views,  2 views today

%d bloggers like this: