अपराध आ हादसा के खबर बिहार से
December 20, 2015
पश्चिम चम्पारण जिले के बैरिया इलाका के बगही नाथ बाबा चौक का नियरा से एगो तस्कर के चार किलो चरस का साथे ध लिहलसि पुलिस. चरस के दाम एक करोड़ बतावल जात बा.
रोहतास जिला में अभियान चला के पुलिस 33 गो वारंटियन के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल आ सात गो का घर पर कुर्की जब्ती कइलसि काहे कि ऊ धरा ना पइले सँ.
पश्चिम चंपारण जिला के कंगली इलाका के बसंतपुर गांव से एगो ईनामी अपराधी हरि यादव गिरफ्तार. ओकरा पर हत्या, अपहरण अउर डकैती के अनेके आरोप.
मोतिहारी के जीतना इलाका से एगो करिया हरीन के हत्या के मामिला उजागर भइल बा जवना में वन विभाग के चार गो कर्मचारियन के शामिल रहे के बात बतावल जात बा.
गोपालगंज जिला के नगर थाना इलाका के चैनपट्टी गांव का लगे कुछ बदमाश विधान पार्षद रहल सुनील सिंह के भाई से एक लाख रूपये लूट लिहले सँ आ उनुका के गोली मार के घवाहिल क दिहले सँ.
सिवान नगर इलाका के आनंदनगर मुहल्ला से चार गो अपराधियन के बैंक लूट के प्लान बनावत घरी पुलिस असलहा समेत गिरफ्तार क लिहलसि.