देश के बड़हन वकील आ केन्द्र सरकार में वित्त मंत्री अरूण जेटली सोमार का दिने दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल, कुमार विश्वास, आशुतोष, संजय सिंह, राघव चड्डा अउर दीपक वाजपेयी का खिलाफ मानहानि के मुकदमा दायर करीहें.
पिछला दिेन अरविन्द केजरीवाल के मुख्य सचिव राजेन्द्र कुमार पर सीबीआई के छापा पड़ला का बाद जनता के धेयान दोसरा तरफ हटावे का मकसद से केजरीवाल आ उनुका गोल के लोग अरुण जेटली पर दिल्ली क्रिकेट एसोशिएशन के अध्यक्ष रहला का दौरान घोटाला करे के बेबुनियाद आरोप लगावे लगलन. एह काम में बिहार से भाजपा सांसद कीर्ति आजादो शामिल हो गइल बाड़न. बाकिर मानहानि के मुकदमा अबहीं कीर्ति आजाद पर होखे के खबर नइखे.
सबले बड़ बात ई कि दिल्ली सरकार एह मामिला में कुछ करिए ना सके काहे कि दिल्ली क्रिकेट एसोशिएशन कंपनी लाॅ का तहत आवेला.
डीडीसीए के संयुक्त सचिव दिनेश शर्मा के कहना बा कि सगरी अछरंग बिना कवनो आधार के बाड़ी सँ आ डीडीसीए का लगे पाईपाई के हिसाब बा. कहलन कि डीडीसीए का लगे सीबीआई का तरफ से तीन गो नोटिस मिल चुकल बा आ सगरी के जबाब दीहल जात बा.
इहो याद कइल जरूरी बा कि केजरीवाल नीतिन गडकरिओ का खिलाफ बयानबाजी कइले रहलन आ जब गडकरी उनुका के मानहानि के मुकदमा में लपेट लिहलन त हरदी गुरदी बोलत माफी माँग लिहले रहलन केजरीवाल.
389 total views, 2 views today