अगिला महीना 6 जनवरी से 17 जनवरी का बीच गाजीपुर के सैदपुर में करमपुर गाँव के स्टेडियम में सेना बहाली रैली के आयोजन होखे वाला बा. एह रैली खातिर सत्तर हजार से बेसी नवही आपन पंजीकरण करवा चुकल बाड़ें.
रैली के प्रभारी कर्नल विनीत प्रभात जिला प्रशासन आ पुलिस अधिकारियन का साथे बहाली रैली वाला जगहा के निरीक्षण कइलन. एह रैली में छः से आठ जनवरी ले गाजीपुर के, 9 आ 10 तारीख के बलिया के, 11 तारीख के मऊ के, 12 आ 13 तारीख के आजमगढ़ के, 14 आ 15 जनवरी के गोरखपुर के आ 16 तारीख के देवरिया के नवही शामिल होखीहें.
266 total views, 5 views today