Go to ...
RSS Feed

यूपी के इम्तिहान में खुलेआम किताब ले के इम्तिहान देबे के सुविधा दीहि सरकार


भाजपा के कल्याण सिंह सरकार का दौरान यूपी में नकल के अपराध बना दीहल गइल रहुवे जवना का खिलाफ बाकायदा अभियान चला के सपा के मुलायम सिंह सरकार बनावे में सफल हो गइल रहलन आ उनुका सरकार के पहिलके फैसला रहुवे कि नकल के अपराध माने वाला कानून हटा दीहल जाव.
अब फेरू एक बेर यूपी सरकार चाहत बिया कि विद्यार्थियन के पूरा छूट दे दिहल जाव कि ऊ किताब देख के इम्तिहान दे सकसु. बतावल जात बा कि मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना अधिकारियन से कह दिहले बाड़न कि एह तरह के प्रणाली हो सके त अगिले सत्र से लागू करा दीहल जाव. जान जाईं कि साल 2017 में यूपी के चुनाव होखे वाला बा.
सरकार के कहना बा कि जब किताब ले के इम्तिहान देबे के खुला छूट रही त ओकरा के नकल ना कहल जा सकी आ एह तरह नकल पर पूरा रोक लाग जाई !

Tags: ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: