नेपाल सरकार तय कइले बिया कि मधेसी समुदाय के माँग पूरा करे ला अनुपातिक प्रतिनिधित्व आ निर्वाचन क्षेत्र परिसीमन से जुड़ल दू गो समाधान करे खातिर नेपाल के संविधान में बदलाव ले आइल जाई. नेपाल सरकार के एह फैसला के भारत स्वागत कर सकेला.
आजु अतवार का दिने नेपाल के सिंह दरबार में भइल आपात बइठक में ई फैसला लीहल गइल. एगो समिति बनावल गइल बा जवन तीन महीना का भितरे आपन सुझाव दी.
202 total views, 5 views today