आजु टाटा संस आ यूपी सरकार का बीच शिक्षा आ स्वास्थ्य से जुड़ल अनेके काम खातिर समझौता पर दस्तखत कइल गइल. एह मौका पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ टाटा संस के अध्यक्ष रतन टाटा मौजूद रहलें.
टाटा टंस्ट्स के अधिशासी ट्रस्टी आर. वेंकट रमन बतवलन कि टोरंटो विश्वविद्यालय के प्रोफेसरन के मदद से यूपी के दस गो जिलन में टाटा संस खास क के स्वास्थ्य, शिक्षा, सौर ऊर्जा अउर कुपोषण के क्षेत्र में काम करी.
यूपी के मुख्य सचिव आलोक रंजन उमेद जतवलन कि एह फैसला से राज्य के नागरिकन के जिनिगी में बदलाव आई.
351 total views, 5 views today