बिहार सरकार अगिला साल पहिला अप्रेल से शराब बन्दी करे के एलान कइले बिया जवना का बाद नाहियो त छह हजार दूकान बंद हो जइहें सँ. अतना लोग के बेरोजगार होखला से पैदा होखे वाला समस्या सलटावे ला तय भइल बा कि एह लोग के सुधा के एजेन्सी दे दीहल जाई जेहसे ई लोग दूध, दही, पेड़ा आ लस्सी वगैरह बेच के आपन जीवन चला सको.
अलग बात बा कि पहिला डेग में देशी शराब के बिक्री बन्द होखी आ विदेशी शराब निजी दुकानदार ना बेच पइहे. ओकरो के कार्पोरेट दुकानन से बेचल जाई.
237 total views, 10 views today