web analytics

काम भइल चाहे ना, संसद सत्र खतम हो गइल

राज्यसभा में भाजपा के कम संख्या के नाजायज फायदा उठावत भाजपा विरोधी विपक्ष संसद में बहुते जरूरी अनेके विधेयकन के पास ना होखे दिहलें. एहमें सबले खास रहल जीएसटी बिल जवन कबो कांग्रेस के खास रहुवे बाकिर तब भाजपा के विरोध का चलते ऊ पारित ना करा पवलसि. ओकरे बदला अब निकालत बिया कांग्रेस.

राज्यसभा में हालात अतना खराब रहल कि उपराष्ट्रपति अहमद अंसारी के कहे पड़ल कि लोकतंत्र में विधायिका के काम कइल बहुते जरुरी होला आ ओकरा के काम ना करे देबे से देश के नुकसान होला.

अबकी कांग्रेस के सांसद कवनो ना कवनो मुद्दा बना के बहस रोकत रहलें आ सदन के काम ना करे दिहलें. कबो एह लोग के शिकायत रहल कि नेशनल हेराल्ड घोटाला में सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी का खिलाफ मुकदमा काहे चलावल जात बा. कांग्रेसियन के राय में नेशनल हेराल्डो कांग्रेस के संपति हवे आ ओकरा के जइसे मन करे खाए पचावे के छूट होखे के चाहीं कांग्रेस के.

 222 total views,  2 views today

%d bloggers like this: