काल्हु मंगल आ आजु बुध का दिने यूपी के राज्य कर्मचारी हड़ताल प रहलें जवना चलते सरकारी कार्यालयन आ अस्पतालन में कामकाज ठप पड़ गइल. एह हड़ताल में 230 गो कर्मचारी संगठन शामिल भइलें. रोडवेज आ बिजली विभाग एह हड़ताल मेंं ना रहुवे.
राज्य कर्मचारी संयुक्त परिषद एकीकृत के प्रदेश अध्यक्ष हरि किशोर तिवारी आ प्रदेश महामंत्री अतुल मिश्रा कहलें कि अगर जल्दी से ओह लोग के माँग ना मानल गइल त ऊ लोग जल्दिए बेमियादी हड़ताल पर जा सकेला.
जान जाईं कि जब जब कवनो राज्य के चुनाव नियराला तब तब ओहिजा के सरकारी कर्मचारी आपन आपन मांग ले के खड़ा हो जालें. ओही लोग के पता रहेला कि चुनाव का चलते ओह लोग के मांग मानल सरकारी दल खातिर मजबूरी जइइसन हो जाई.
350 total views, 2 views today