प्रदूषण पर रोक लगावे खातिर बिहार सरकार पटना में पन्द्रह बरीस से अधिका पुरान डीजल गाड़ियन के चलवला पर रोक लगा दिहले बिया. एह दायरा में बहुते बस आ ट्रक आ जइहें सँ आ ओकनी के पटना का सीमा से बाहरे रोक दीहल जाई.
सुने में आवत बा कि दिल्ली सरकार का देखा देखी पटनो शहर में अलग अलग दिन जोड़ा आ फुट गाड़ियन के चले के मंजूरी दीहल जाई.
साथही मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार के सगरी शहरन में बेमतलब सायरन, हूटर आ हॉर्न बजावे पर रोक लगावे खातिर जोरदार अभियान चलावे के निर्देश अधिकारियन के दिहले बाड़न.
331 total views, 2 views today