web analytics

आगि में जरला से दू गो बचवन के मौत

सारण जिला के कोपा इलाका के देवरिया गाँव में बियफे का दिने एगो घर के छत पर राखल पुअरा में लागल आग से बगल में सूतल दू साल के लड़िका जर के मर गइल आ ओहिजे खेलत अढ़ाई बरीस के लड़िकी भागे का फेर में ओही आग में गिर के जर गइल. दुनू चचेरा भाई बहिन रहले सँ.
आग कइसे लागल से पता ना चलल. पुलिस मामिला दर्ज क के तफतीश करत बिया.

 289 total views,  5 views today

%d bloggers like this: