उत्तर प्रदेश सरकार अयोध्या में श्रीराम मंदिर निर्माण विषय में अपना सलाहकार ओमपाल मेहरा के हटा दिहलसि काहे कि ओमपाल मेहरा मुसलमानन से अपील कइले रहलन कि जब श्रीराम मंदिर बनल शुरु होखे त उहो लोग एकरा में शामिल होखो आ कार सेवा में भागीदारी करे.
एह अपील से राज्ये ना देश भर में फिरकावाराना फसाद में कमी होखीत बाकिर यूपी सरकार के ई बात पचल ना आ ऊ अपना सलाहकार ओमपाल मेहरा के हटा दिहलसि. मेहरा के कहना रहे कि इहे एगो मुद्दा बा भाजपा का लगे आ अगर एह मुद्दा के खतम क दीहल जाव त सपा आ देश के फायदा होखी.
जान जाईं कि एने फेरु कुछ दिन से श्रीराम मंदिर बने के कोशिश तेज होखे लागल बा. छह महीना पहिले देश भर से पत्थर बटोरे के काम शुरु करवले रहुवे विश्व हिन्दू परिषद आ ओही पत्थरन के पहिला खेप कुछ दिन पहिले अयोध्या चहुँपल तब से विवाद तेज करे के कोशिश करे लागल बाड़ें सेकूलर जमात के लोग.
हैदराबाद से मुस्लिम राजनीति करे वाला सांसद ओवैसी के कहना बा कि मोदी अपना बानरन के एह तरह के काम करे से रोकसु.
एही बीचे संसदीय कार्य मंत्री वेंकैया नायडू के बयान आ गइल कि पूरा देश चाहत बा कि श्रीराम मंदिर बनावल जाय.
आ अब कहल जात बा कि मंदिर बनावे के काम शुरु हो गइल बा काहे कि कुछ दिन पहिलहीं शिला पूजन करा के एकर शुरुआत हो गइल बा. हालांकि भाजपे के एगो अउर मंत्री केंद्रीय संसदीय कार्य राज्य मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी के कहना बा कि सरकार कोर्ट के आदेश माने खातिर प्रतिबद्ध बिया आ अदालत के आदेश बना कुछ ना कइल जाई.
मंगल का दिने एह विषय पर आपन बात कहत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि प्रशासन के कहल गइल बा कि सोशल मीडिया पर पूरा नजर राखल जाव जेहसे कवनो तरह के बखेड़ा मत शुरु होखे.
385 total views, 2 views today