काल्हु नोएडा में एगो पत्रकार सम्मेलन में केन्द्र सरकार के पर्यटन आ संस्कृति राज्य मंत्री महेश शर्मा कहलन कि अयोध्या में राममन्दिर बनावे के सपना भाजपा का साथही केन्द्र सरकारो के बा. कहलन कि एह मामिला के चुनाव से जोड़ला के जरूरत ना होखे के चाहीं. देश में त हमेशा कहीं ना कहीं चुनाव होखते रहेला.
कहलन कि मंदिर के जगहा पर तब तक काम शुरु ना होखी जबले सु्प्रीम कोर्ट से इजाजत नइखे मिल जात. बाकिर मंदिर खातिर पत्थर तराशे के काम में समय लागेला एहीसे ऊ सब काम चलावल जात बा जेहसे कि जब अदालत से फैसला आ जाव त मंदिर बनावे में समय कम लागे.
एने कुछ दिन से अयोध्या के मंदिर वाली बात चरचा में आ गइल बा. काल्हुवे यूपी सरकार अपना एगो मंत्री के हटा दिहलसि जे कहले रहन कि मुसलमानो लोग के चाहीं कि मंदिर बनावे के काम में हाथ बटावे.
379 total views, 5 views today