web analytics

जौनपुर के रामपुर डेरवां में हुँड़ार उपटल

जौनपुर के सरायख्वाजा इलाका के रामपुर डेरवां में एगो तेंदुआ तीन जने के घाहिल करत एगो घर में घुस गइल. घर में मौजूद मेहरारू अपना लड़िका के ले के रसोई में घुस गइल आ भीतर से बंद क लिहलसि. तबले गाँव के लोग बाहर से घेर के तेंदुआ के ओही घर में बंद क दिहल. खबर मिले का बेरा ले वन विभाग ओह तेंदुआ के नइखे धइले आ उ ओहिजे बंद बा.
बतावल जात बा कि एगो आदमी अपना खेत में सूतल तेंदुआ के भगावे के कोशिश कइलसि त ऊ ओकरा पर हमला क दिहतसि. ओकर चिल्लाइल सुन के लोग धावल आ तेंदुआ के भगावल. राहे में ऊ एगो बूढ़ पर हमला क दिहलसि त ओकर बेटा बचावे के कोशिश कइलसि. तब तेंदुआ ओकरो के घवाहिल क दिहलसि. एह बीच गाँव के लोग के हल्ला से भागत ऊ एगो घर में घुस गइल.

 342 total views,  5 views today

%d bloggers like this: