web analytics

परधानजी के किरिया धराई से पहिलहीें जेल हो गइल

बलिया जिला के गड़वार इलाका के एकवारी गाँव के नयका चुनाइल परधान सुखारी यादव के बियफे के रात अर्जीनिया के चालीस गो शीशी का साथे फेफना पुलिस ध लिहलसि. पुलिस के पता चलल रहुवे कि सुखारी के आटा मिल से अर्जीनिया बेचात बा. जानकारी मिलला का बाद फेफना पुलिस राते में छापा मार दिहलसि आ मय सबूत सुखारी के जेल भेज दिहलसि.
सुखारी यादव अबहीं परधानी के किरियो नइखन लिहले तबले जेल के सैर करे के मौका मिल गइल. तय बा कि निकलिहें त अउरी कमाल करीहें परधान जीँ

 299 total views,  5 views today

%d bloggers like this: