web analytics

बिहारी सांसद कीर्ति आजाद भाजपा से सबूत मंगलन

हालही में भाजपा से निलंबित कर दीहल सांसद कीर्ति आजाद काल्हु भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के चिट्ठी लिख के पूछलन कि उनुका के कवना कसूर में निलंबित कइल गइल बा. लिखले बाड़न कि निलंबन आदेश में डीडीसीए मसला के कवनो जिकिर नइखे तब आखिर कवना बात ला उनुका पर एक्शन लीहल गइल बा.
एह बीच कीर्ति के निलंबित करे का तरीका पर संघो के नाराज बतावल जात बा. ओकरा लागत बा कि एह मामिला में बेमतलब के जल्दबाजी देखावल गइल आ एकरा के बातचीत क के सलटावल जा सकत रहुवे. भाजपा के पुरनियन के मंच मार्गदर्शको मण्डल एह बात पर सोचविचार कइले बा बाकिर ओकरा तरफ से अबहीं कवनो बयान नइखे आइल.

 351 total views,  5 views today

%d bloggers like this: