काल्हु रुस से अफगानिस्तान चहुँपल पीएम मोदी अफगानिस्तान में भारत के बनावल संसद भवन के उद्घाटन करे चहुँपलन. ओहिजा उद्घाटन कइला का बाद उनुकर कार्यक्रम सीधे दिल्ली लवटे के रहुवे. काल्हुए नवाज शरीफ के जनमदिन रहुवे त फोन से बधाई दिहलन. नवाज शरीफ बतवलन कि ऊ इस्लामाबाद में नइखन आ अपना घरे बाड़न जहाँ उनुका नतिनी के बिआह शनिचर का दिने होखे जा रहल बा. मोदी के नेवता दिहलें त मोदी अचानके पाकिस्तान जाए के तय कर लिहलन.
लाहौर हवाई अड्डा पर स्वागत करे मौजूद रहलन पाकिस्तान के पीएम नवाज शरीफ. ओहिजा से दुनू जने पाकिस्तानी वायु सेना के हेलीकाप्टर से एके साथ नवाज के घरे जाए ला निकललन आ ओहिजा से दुनू जने एके गाड़ी से नवाज का पैलेस चहुँपले. ओहिजो मोदी के शानदार स्वागत भइल. मोदी नवाज शरीफ के माई के गोड़ छू के प्रणाम कइलन, नतिनी के आशीर्वाद दिहलन. मोदी के स्वागत में ओहिजा शाकाहारी पकवान के इंतजाम भइल आ करीब दू घंटा एक साथे बिता के दुनू पीएम फेरू लाहौर ला रवाना भइलें.
एह अचके में भइल मोदी के पाकिस्तान यात्रा से सबले बेसी दुख हो गइल पाकिस्तानी आतंकी हाफिज सईद के आ भारत के कांग्रेस पार्टी के. कांग्रेसी बोलतुआ मोदी के पाकिस्तान यात्रा का खिलाफ जम के बयानबाजी कइलन. ओह लोग के कहना बा कि एह तरह विदेश के यात्रा ना होखे के चाहत रहुवे. पाकिस्तान जाए से पहिले मोदी ओह लोग से इजाजत ना लिहलन वगैरह वगैरह. बाकिर बाकी सगरी गोल आ इहां ले कि कश्मीरी अलगाववादीओ एह मुलाकात के स्वागत कइले बाड़ें.
169 total views, 2 views today