web analytics

राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के सुन्दर बनावल जाई

चंदौली जिला के राजदरी आ देवदरी वाटर फाॅल के अउरी सुन्दर आ पर्यटन जोग बनावे खातिर केन्द्र सरकार अढ़ाई करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दिहले बिया. एहीजा गेस्ट हाउस आ संपर्क मार्ग पहिले से बा आ ओकर जीर्णोद्धार कइला का साथही अउरीओ काम करावल जाई जेहसे एह इलाका में पर्यटन के बढ़ावा मिलो.
केन्द्र सरकार चंदौली, सोनभद्र आ मिर्जापुर प्रशासन से कैमून वन क्षेत्र में पर्यटन के बढ़ावा देबे वाला प्रस्तावो मंगवले बिया.

 417 total views,  2 views today

%d bloggers like this: