वाराणसी आ इलाहाबद का बीच आजु से बिजली के इंजन से चले लगीहें स रेलगाड़ी. एह रुट के बिजलीकरण नवम्बरे में हो गइल रहुवे आ ओकरा बाद से मालगाड़ी चला के लाईन जाँचल गइल. बाद में पूर्वा एक्सप्रेस चलावल गइल बिजली इंजन से. अब एह रूट के बिजलीकरण पूरा तौर पर हो जाई जब सगरी ट्रेन बिजली इंजन से चले लगीहें सँ.
आजुए कैंट टीसन पर बनल मैकेनाइज्ड लांड्रीओ के उद्घाटन होखे वाला बा. दुनू काम रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा करीहें. आजुए कैंट टीसन पर अनेके यात्री सुविधन के शिलान्यासो होखे जा रहल बा.
345 total views, 5 views today