Go to ...
RSS Feed

पूर्वांचल ला रेलवे बहुते कुछ करे जात बिया एह साल


वाराणसी से औड़िहार जंक्शन का बीच रेलवे लाइन के दोहरीकरण के काम मार्च ले पूरा करा लीहल जाई एह बात के जानकारी काल्हु रेल राज्य मंत्री मनोज कुमार गाजीपुर में दिहलन. कहलन कि अबहीं ले पूर्वांचल का तरफ रेलवे के धेयान ना गइल रहुवे बाकिर अब एह इलाका के विकास खातिर रेलवे बहुते कुछ करे जा रहल बिया. कहलन कि छपरा से गाजीपुर होत लखनऊ ले चले वाली गाड़ी अब हप्ता में तीन दिन का बदले छह दिन चलल करी. एकर आदेश जारी क दीहल गइल बा.

रेल राज्यमंत्री वाराणसी में लोहता-जंघई-फाफामऊ-इलाहाबाद-ऊंचाहार रेखलण्ड के विद्युतीकरण काम के लोकार्पण कइलन. एह रुट पर अब बिजली के इंजन वाली रेल गाड़ी चलल शुरु हो जाई.

Tags: ,

More Stories From भोजपुरी पट्टी

%d bloggers like this: