बिहार सरकार प्रदेश के सरकारी अस्पतालन खातिर सात हजार नर्सन के बहाली करे वाली बिया. सगरी जिलन से स्वास्थ्य उपकेन्द्र, अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र अउर अनुमंडलीय अस्पतालन में मौजूद रिक्तियन के जानकारी मंगावल गइल बा जेहसे सगरी खाली जगहा भर दीहल जाव.
राज्य के सहकारी बैंकनो में नाहियो त पांच हजार कर्मचारियन के बहाली के प्रक्रिया जनवरी से शुरु होखे वाला बा.
359 total views, 5 views today