Go to ...
RSS Feed

बलिया के छात्र संघ चुनाव में प्रशासन के रणनीति काम आ गइल


काल्हु अतवार का दिने बलिया शहर के तीन गो काॅलेजन का साथही रसड़ा के एगो काॅलेज छात्र संघ के चुनाव एकही दिन करवावे के प्रशासन के रणनीति सफल साबित भइल. छात्र नेता लोग आ ओह लोग के समर्थकन के जमावड़ा एके जगहा ना हो पावल आ लोग छितरा के रहि गइल. परिणाम भइल कि चारो छात्र संघ के चुनाव बहुते शान्ति का साथे पूरा कर लीहल गइल.
अलग बात बा कि एह चुनाव में लिंगदोह समिति के बनावल संहिता के धज्जी उड़ा दीहल गइल. जम के खरचा कइले छात्र नेता, पोस्टरबाजी आ पैम्फलेटबाजी में कवनो कसर ना रहे दिहलें आ बैनर देख के इहे लागत रहे कि विधानसभा भा लोकसभा के चुनाव होखत बा. आगे चल के एही लोगन में से कुछ लोग पेशेवर राजनीति करे उतरीहें जइसन कि आजु ले होत आइल बा.
काल्हु के चुनाव परिणाम अइसे रहल :

मथुरा पीजी काॅलेज (रसड़ा) छात्र संघ

अध्यक्ष : दिलीप कुमार सिंह
उपाध्यक्ष : दुर्गेश सिंह
महामंत्री : आनन्द सिंह
पुस्तकालय मंत्री : रंजन गुप्ता

सतीश चन्द्र काॅलेज (बलिया) छात्र संघ

अध्यक्ष : विवेक कुमार पाठक
उपाध्यक्ष : अंकित पाण्डेय
महामंत्री : सियाराम यादव
पुस्तकालय मंत्री : रंजन गुप्ता

टीडी काॅलेज (बलिया) छात्र संघ

अध्यक्ष : राजेश कुमार सिंह
उपाध्यक्ष : राजू वर्मा
महामंत्री : अम्बरीश ओझा
पुस्तकालय मंत्री : उत्तम सिंह

कुंवर सिंह काॅलेज (बलिया) छात्र संघ

अध्यक्ष : अजय कुमार यादव
उपाध्यक्ष : अजीत कुमार यादव
महामंत्री : शैलेन्द्र यादव
पुस्तकालय मंत्री : खुर्शीद अली

Tags: ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: