Go to ...
RSS Feed

मजबूरी के फायदा उठावे का फेर में मैनजर धराइल


मिर्जापुर जिला में जीवन बीमा निगम के रामबाग शाखा के मैनेजर कमलाकर पाण्डेय के अतवार का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस. कमलाकर पर अछरंग बा कि ऊ एगो मजबूर लड़िकी के मजबूरी के फायदा उठावे का फेर में ओकर दैहिक शोषण कइल चाहत रहुवे.
बतावल जात बा कि एगो मरद मेहरारू के मौत का बाद ओह लोग के लड़िकी जीवन बीमा के दू लाख रुपिया के भुगतान मंगलसि त मैनेजर ओकर देह मांगे लगलन. मोबाइल फोन पर कइल उनुकर बातचीत के रिकार्ड कर लिहलसि लड़िकी आ मय सबूत पुलिस में केस क दिहलसि.

Tags: ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: