Go to ...
RSS Feed

Archives for December 2015

बीतला जमाना के मशहूर हीरोइन साधना के निधन

काल्हु शुक का दिने बीतला जमाना के मशहूर अभिनेत्री साधना, जिनकर पूरा नाम रहुवे साधना शिवदासानी, के लमहर बीमारी का बाद अस्पताल में निधन हो गइल. 2 सितंबर 1941 का दिने आजु के पाकिस्तान आ तब के हिन्दुस्तान के शहर कराची में जनमल साधना के पहिला ब्रेक मिलल रहुवे साल 1958 में एगो सिंंधी फिल्म

यूपी सरकार अपना सलाहकार के हटवलसि

उत्तर प्रदेश सरकार अयोध्या में श्रीराम मंदिर निर्माण विषय में अपना सलाहकार ओमपाल मेहरा के हटा दिहलसि काहे कि ओमपाल मेहरा मुसलमानन से अपील कइले रहलन कि जब श्रीराम मंदिर बनल शुरु होखे त उहो लोग एकरा में शामिल होखो आ कार सेवा में भागीदारी करे. एह अपील से राज्ये ना देश भर में फिरकावाराना

पुलिसे का जीप से वसूली करे का फेर में धरा गइल फर्जी दारोगा

रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के बंको मोड़ का लगे से बियफे के रात एगो फर्जी दारोगा के ध लीहल गइल आ ओकर स्कार्पियो आ मोबाइल जब्त क लीहल गइल. नौडीहां के रहे वाला मनोज कुमार पाण्डेय नाम के एगो नवही फर्जी वर्दी पहिरले गाड़ियन से नाजायज वसूली करे में लागल रहुवे तबहियें नौहट्टा के

सिवान जेल में बंद कैदी के मौत

महाराजगंज इलाका के छोटका टेघड़ा गाँव के रहे वाला पचास बरीस उमिर के पासपति चौधरी सोमार का दिने अदालत में सरेंडर कइले रहुवे. ओकरा पर गैरकानूनी शराब बेचे के मुकदमा रहुवे. बुध के रात खाना खइला का बाद अचानके ओकर तबियत खराब हो गइल. इलाज खातिर ओकरा के सदर अस्पताल भेजल गइल बाकिर ओकर मौत

सोनपुर मेला खतम हो गइल

काल्हु बियफे का दिने सोनपुर के मशहूर हरिहर क्षेत्र मेला विधिवत खतम हो गइल. एह मौका पर आयोजित एगो कार्यक्रम में गजल गायक पंकज उधास के गायकी सभका के झूमा के राख दिहलसि. उनुकर गजल सुने ला हजारन के भीड़ जुटल रहुवे मेला में. बत्तीस दिन से चलत एह मेला के समापन का मौका पर

उपप्रमुख हत्या के केस में चार जने के नाम आइल

पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के निवासी दिनेश सिंह समेत तीन जने अउर लोग के नामे लागत बा. पुलिस के कहना बा कि ढेर दिन से चलल आवत विवाद में ई

आगि में जरला से दू गो बचवन के मौत

सारण जिला के कोपा इलाका के देवरिया गाँव में बियफे का दिने एगो घर के छत पर राखल पुअरा में लागल आग से बगल में सूतल दू साल के लड़िका जर के मर गइल आ ओहिजे खेलत अढ़ाई बरीस के लड़िकी भागे का फेर में ओही आग में गिर के जर गइल. दुनू चचेरा भाई

कांग्रेसी नेता के हत्या के अछरंगी अंगद यादव के सरेंडर

आजमगढ़ के बरदह इलाका के सम्मोपुर गाँव के रहे वाला कांग्रेसी नेता राजनारायण सिंह के हत्या पिछला शनिचर का दिने पल्हनी ब्लाॅक का नियरा क दीहल गइल रहे. एह मामिला में उनुकर पत्नी राजनारायण के भतीजा सुनील सिंह आ एगो भाजपा नेता अंगद यादव पर हत्या करे के अछरंग लगावत थाना में शिकायत लिखवले रही.

एक बिहारी सभ पर भारी

डीडीसीए विवाद में वित्त मंत्री अरुण जेटली के कटघरा में खड़ा करावे के कोशिश में लागल बिहार से भाजपा सांसद कीर्ति आजाद के निलंबित त क दिहलसि भाजपा बाकिर कीर्ति अतना आजाद बाड़न कि सुने के तइयार नइखन. उनकर कहना बा कि ऊ पिछला कई बरीस से भठियरपन का खिलाफ आन्दोलन चलावत बाड़न आ एहमें

रेलवे में तत्काल टिकट महँग भइल

काल्हु 25 तारीख से रेलवे में तत्काल टिकट के दाम में तीस फीसदी तक के बढ़ोतरी क दिहल गइल बा. रेलवे के मनसा बा कि पैसेंजरो लोग से खरचा भर भाड़ा लीहल जाव जेहसे माल ढुलाई पर भाड़ा अधिका बढ़ावे के दबाव मत बनो. अब स्लीपर में तत्काल शुल्क कम से कम 90 का जगहा

पटनो में पुरान गाड़ी चलवला पर लागल रोक

प्रदूषण पर रोक लगावे खातिर बिहार सरकार पटना में पन्द्रह बरीस से अधिका पुरान डीजल गाड़ियन के चलवला पर रोक लगा दिहले बिया. एह दायरा में बहुते बस आ ट्रक आ जइहें सँ आ ओकनी के पटना का सीमा से बाहरे रोक दीहल जाई. सुने में आवत बा कि दिल्ली सरकार का देखा देखी पटनो

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन स. हत्या पर नाराजगी जतावत खिसियाइल लोग एगो पुलिस वाहन के जरा दीहल आ देर ले रोड जाम क के राखल आ बहुते समुझवला बुझवला

खेल के सामान बनावे वाला कंपनी के कारीगर चाहीं

पंजाब के अमृतसर में लकड़ी के खिलौना आ खेल के सामान बनाए वाली एगो बड़हन कंपनी के कारीगरन के जरुरत बा. कंपनी का तरफ से बतावल गइल बा कि ऊ लोग कारीगरन के तीन महीना के प्रशिक्षण दे के सक्षम बनाई. एह तीन महीना का दौरान कवनो प्रशिक्षण शुल्क ना लीहल जाई आ ओह लोग

काम भइल चाहे ना, संसद सत्र खतम हो गइल

राज्यसभा में भाजपा के कम संख्या के नाजायज फायदा उठावत भाजपा विरोधी विपक्ष संसद में बहुते जरूरी अनेके विधेयकन के पास ना होखे दिहलें. एहमें सबले खास रहल जीएसटी बिल जवन कबो कांग्रेस के खास रहुवे बाकिर तब भाजपा के विरोध का चलते ऊ पारित ना करा पवलसि. ओकरे बदला अब निकालत बिया कांग्रेस. राज्यसभा

जेटली का खिलाफ मुहिम चलाए वाला भाजपा सांसद निलंबित

डीडीसीए मामिला में भाजपा गोल से फरका लाइन लेबे वाला अपना सांसद कीर्ति आजाद के आजु निलंबित करत पूछलसि कि तोहरा के काहे ना निकाल दीहल जाव. जान जाईं कि कुछ लोग अापन निजी मतलब ना सधला का चलते अइले दिन भाजपा का खिलाफ बयान बाजी करत रहेलें. एहमें सबले खास क के सोझा आइल

दू दिन ले हड़ताल पर रहलें यूपी के राज्य कर्मचारी

काल्हु मंगल आ आजु बुध का दिने यूपी के राज्य कर्मचारी हड़ताल प रहलें जवना चलते सरकारी कार्यालयन आ अस्पतालन में कामकाज ठप पड़ गइल. एह हड़ताल में 230 गो कर्मचारी संगठन शामिल भइलें. रोडवेज आ बिजली विभाग एह हड़ताल मेंं ना रहुवे. राज्य कर्मचारी संयुक्त परिषद एकीकृत के प्रदेश अध्यक्ष हरि किशोर तिवारी आ

निर्भया जइसन मामला में नाबालिगो के बालिग मानल जा सकेला

मंगल का दिने राज्यसभा से किशोर न्याय कानून में संशोधन करे के मंजूरी मिल गइल. एकरा साथ ही अब से निर्भया जइसन मामिला में नाबालिगो अपराधी के बालिग मानल जा सकी. एकर फैसला हालांकि किशोर न्याय बोर्ड करी कि बलात्कार कवना मंशा से कइल गइल रहुवे. राज्यसभा में विपक्ष एकरा के माने के तइयार ना

साँप निकल गइला का बाद लाठी पीटे के तइयारी

निर्भया बलात्कार काण्ड के आरोपी के रिहाई हो गइला का बाद एह पर राजनीतिक नौटंकी चलत बा. दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्षा बाहर मेंं बलात्कारी के खिलाफ बोलत बाड़ी जबकि सुप्रीम कोर्ट में उनुका तरफ से ओकरा के फेर से बसावे के आ कमाई करे जोग बनावे के बात कहल जात बा. अदालतो के पूछे

23 दिसंबर से 29 दिसंबर ले किसान सप्ताह

देश के प्रधानमंत्री रहल चौधरी चरण सिंह आ अटल बिहारी वाजपेयी के जनमदिन का मौका पर केन्द्र सरकार 23 दिसंबर से 29 दिसंबर ले देश भर में जय किसान जय विज्ञान कार्यक्रम चलावे के एलान कइले बिया. 23 दिसंबर के चौधरी चरण सिंह जयन्ती ह आ 25 दिसंबर के अटल बिहारी बाजपेयी जयन्ती हवे.

सारण नहर में अधिका पानी छोड़ला का चलते जलालपुर में बाढ़

सारण नहर में बहुते पानी छोड़ दिहला का चलते जलालपुर इलाका के लगभग डेढ़ सौ घर में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. जल संसाधन विभाग के कहना बा कि नेपाल के भैंसालोटन से ई पानी छोड़ल गइल बा जवना चलते गोपालगंज डैम पर पानी के दबाव बहुते हो गइल रहुवे आ ओह डैम के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts