web analytics

कच्ची दरगाह से बिदुपुर ले छह लेन वाला गंगा सेतु बने के काम शुरू

गांधी सेतु के बगल में कच्ची दरगाह से बिदुपुर ले बने वाला छह लेन के गंगा सेतु के काम आजु से शुरू हो गइल. वैशाली जिला के राघोपुर में आयोजित समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि एह पुल के बन गइला का बाद उत्तर आ दक्खिन बिहार का बीच एगो नया सड़क … Read more

 303 total views

अपराध आ हादसा

पश्चिम चंपारण के कुछ जगहा छापा मार के एसएसबी पांच किलो चरस आ सत्रह किलो गांजा का साथे दू गो तस्करन के गिरफ्तार कइले बिया. पूर्वी चंपारण जिला के पताही इलाका के सराठा गांव में नक्सली एगो पूर्व सैनिक किसान का घर प पर्चा साट के पचास हजार रूपिया के लेवी मंगले बाड़े सँ. जौनपुर … Read more

 264 total views

पीए के शुद्ध पानी ला पूर्वांचल के मिली 1583 करोड़

केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह … Read more

 345 total views

पीएम मोदी के मन के बात

एह साल के अपना पहिलका मन के बात में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि देश के नवही “प्रधानमंत्री फसल बीमा योजना” के देश भर का किसानन ले चहुँपा देसु आ एह काम में नवही लोग अपना अपना मोबाइल से एकर जानकारी अधिका से अधिका किसानन के देसु. पीएम कहलन कि खादी … Read more

 120 total views

कपड़ा कारोबार से टैक्स ना हटी – कहलन लालू प्रसाद

कपड़ा पर वैट बढ़ोतरी का खिलाफ दू दिन से बिहार के कपड़ा व्यवसायियन के हड़ताल जारी बा. एह हड़ताल के रेडिमेड कपड़ा कारोबारीओ साथ देत बाड़े. एही प राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के बयान अइल बा कि कपड़ा पर टैक्स वापिस ना लिहल जाई काहे कि सरकार सोच समुझ के ई फैसला कइले बिया.  261 total … Read more

 261 total views

भोजपुरी पट्टी आ बिहार से हादसा आ अपराधन के खबर

भदोही जिला के औराई इलाका में नेशनल हाईवे पर दुपहिया से जात दू गो भाई कार के चपेटा में पड़ के मर गइलें. कारो पलट गइल आ ओकर ड्राइवरो घवाहिल हो गइल. जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के सरोखनपुर गांव का नियरा दुपहिया से जात महतारी बेटा रोडवेज बस के चपेटा में मर गइलें. तिसरको … Read more

 316 total views

मंगल पाण्डेय के जयन्ती

आजादी के लड़ाई के अलख जगाए वाला अमर शहीद मंगल पाण्डेय के जयंती आजु उनुका पुश्तैनी गाँव बलिया के नगवां समेत लखनऊ, इलाहाबाद, वाराणसी, मेरठ, बरेली, आगरा आ जौनपुर समेत अनेके जगहा मनावल गइल. आजुए महात्मा गाँधीओ के पुण्य तिथि रहुवे आ एह मौका पर देश भर में सगरो सरधांजलि समारोह मनावल गइल. पाकिस्तान ला … Read more

 296 total views

न्यायमूर्ति संजय मिश्र काल्हु यूपी लोकायुक्त के किरिया धरीहें

सुप्रीम कोर्ट का आदेश से बनावल जात यूपी के नयका लोकायुक्त न्यायमूर्ति संजय मिश्र के काल्हु पद के किरिया धरावल जाई. समारोह साँझ पांच बजे से लखनऊ राजभवन में करावल जाई. न्यायमूर्ति संजय मिश्र साल 2004 में इलाहाबाद उच्च न्यायालय के न्यायाधीश बनल रहलें आ नवम्बर 2014 में रिचायर भइत रहलन.  260 total views

 260 total views

यूपी बोर्ड के परीक्षा

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाईस्कूल अउर इण्टर के परीक्षा 18 फरवरी से शुरू होखे जात बा. एह साल 67 लाख 93 हजार 34 परीक्षार्थी इम्तिहान दीहें. हाई स्कूल के इम्तिहान 9 मार्च ले चले वाला बा. इण्टर के इम्तिहाल 21 मार्च ले चली. एह इम्तिहानन ला 11580 केन्द्र बनावल गइल बा जवन पिछला … Read more

 245 total views

यूपी विधान परिषद के चुनाव

यूपी विधान परिषद के स्थानीय निकायन से भरल जाए वाली 36 सीटन पर 3 मार्च के चुनाल करावल जाई. निर्वाचन आयोग एकर अधिसूचना 8 फरवरी के जारी करी आ ओही दिन से परचा दाखिल करे के काम शुरू हो जाई जवन 15 फरवरी ले कइल जा सकी. जाँच 16 तारीख के कइल जाई आ नाम … Read more

 278 total views

उड़ गइल रहीत महानगरी

वाराणसी से मुंबई जात महानगरी एक्सप्रेस के एस थ्री कोच के टायलेट में राखल बम के पता चलल त मानिकपुर टीसन पर ट्रेन रोक के बम वाला झोरा उतारल गइल. इलाहाबाद से आइल बम निरोधक दस्ता एकरा के उतार के बगल के बगइचा में राख दिहलसि. बम में 10-55 बजे बीप होखल शुरू भइल आ … Read more

 228 total views

अयोध्या के राम मन्दिर बनावे के तारीखन के एलान हो गइल

फैजाबाद के मसौधा इलाका के महावा गाँव में होखत रामकथा का मौका पर चित्रकूट के तुलसी पीठाधीश्वर आ रामकथा के मर्मज्ञ जगद्गुरू रामभद्राचार्य एलान क दिहलन कि राम मन्दिर बने से अब केहू ना रोक पाई. कहलन कि एही साल मन्दिर बने के काम शुरू हो जाई आ 6 दिसम्बर 2018 से पहिले एह काम … Read more

 283 total views

बिहार में 1 हजार मवेशी डाक्टरन के बहाली

बिहार सरकार जल्दिए एक हजार वेटनरी डॉक्टरन के बहाली करे जात बिया. मवेशी डाक्टरन के कमी का चलते राज्य सरकार के पशुपालन से जुड़ल योजनन के पूरा करे में दिक्कत होखत बा. बहाली करे के पहिले के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा.  281 total views

 281 total views

कपड़न के बिक्री पर टैक्स का खिलाफ बाजार बंद

बिहार में शराबबंदी से होखेवाला राजस्व नुकसान के भरपाई करे खातिर सभका प टैक्स लगा दिहल गइल बा. अइसने टैक्सन में शामिल बा कपड़न के बिक्री पर टैक्स. एह टैक्स का खिलाफ काल्हु से तीन दिन ले सगरी कपड़ा दुकानन के बंद राखे के फैसला कइले बाड़ें व्यापारी. बिहार टेक्सटाईल चैम्बर ऑफ कॉमर्स के प्रधान … Read more

 237 total views

5 हजार से अधिका आबादी वाला हर गाँव में बैंक शाखा

रिजर्व बैंक बिहार में 1640 अइसन गाँवन के चुनले बा जवना के आबादी त 5 हजार से अधिका के बा बाकि ओहिजा कवनो बैंक शाखा नइखे. अब एह गाँवन में बैंक खोलल जाई. एह काम का पहिला 13 गो प्रखंडन के मुख्यालयन में बैंक शाखा खोलल जाई जहवां शाखा नइखे. साथही सात रुपिया सैकड़ा सालाना … Read more

 246 total views

बिहार के हर जिला में संगीत कॉलेज

बिहार के कला संस्कृति आ नवही मामिलात के मंत्री शिवचन्द्र राम काल्हु पटना में पत्रकारन के बतवलन कि राज्य के सगरी जिलन में संगीत क़लेज खोलल जाई. आ पटना के भारतीय नृत्य कला मंदिर में संगीत विशंवविद्यालय का स्थापना कइल जाई. एह काम ला पहल शुरू हो गइल बा.  255 total views

 255 total views

भोजपुरी पट्टी से हादसा आ अपराधन के खबर

लूटल ट्रक आ चार गो दोसर गाड़ियन का साथे जौनपुर के सिरकोनी इलाका के शादीपुर गाँव का लगे से पाँच गो लूटेरन के पुलिस ध लिहलसि. आजमगढ़ के बऊवापुर गाँव में मंगल सँझिया एदो नवही के चहेट के गोली मार दिहले सँ बदमाश. मऊ के कोपागंज इलाका के डीसीएसके मोड़ का लगे मंगल सँझिया एगो … Read more

 271 total views

महाबल मिश्रा करइहें भोजपुरी मार्च

काल्हु बुध का दिने वाराणसी के भारत माता मंदिर पर विश्व भोजपुरी चेतना मंच के आयोजन भोजपुरी पंचायत में दिल्ली से सांसद रहल महाबल मिश्रा कहलन कि अगर संसद के शीतकालीन सत्र में भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता देबे के प्रस्ताव पारित ना भइल त भोजपुर से काशी ले भोजपुरी मार्च पदयात्रा निकालल जाई. भोजपुरी के … Read more

 274 total views

यूपी विधानसभा के बजट सत्र 29 जनवरी से

उत्तर प्रदेश विधानसभा के बजट सत्र के कार्यक्रम तय हो गइल बा. सत्र 29 जनवरी से शुरु हो के 11 मार्च ले चलावल जाई. काल्हु एकर शुरुआत राज्यपाल राम नाईक के अभिभाषण से होखी. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव 12 फरवरी के बजट पेश करीहें. बजट सत्र बढ़िया से चले एह ला राय विचार करे खाति आजु … Read more

 257 total views

डिब्बा पीछे छोड़ इंजन आगे बढ़ गइल

छपरा से दिघवारा का बीच नई दिल्ली जात संपर्क क्रांति एक्सप्रेस के इंजन कपलिंक खुलला का चलते कुछ डिब्बन के पीछे छोड़त आगा बढ़ गइल. बाद में इंजन के पीछे ले आ के कपलिंक फेरु जोड़ल गइल आ तब फेरु ट्रेन आगे बढ़ल. एह चलते करीब एक घंटा ले अप लाइन डिस्टर्ब रहल.  304 total views

 304 total views