Go to ...
RSS Feed

बिहार से खबर संक्षेप में


बिहार राजद के अध्यक्ष बनीहें रामचन्द्र पूर्वे. एह पद खातिर काल्हु ई आपन परचा दाखिल क दिहलन जबकि दोसर केहु परचा दाखिल नइखे कइले.
भोजपुर जिला से पुलिस पांच हजार के ईनामी नक्सली नंदजी यादव के गिरफ्तार क लिहलसि.
पश्चिम चंपारण जिला के रक्सौल का नियरा बिना वीजा भारत में घुसत दू गो चीनी नागरिकन के गिरफ्तार क लीहल गइल.
बिहार के सगरी डाकघर के आनलाईन करे खातिर मशीन लगावल जा रहल बा. अब पोस्ट आफिस में खाता खोलवावे वाला लोग के सहूलियत हो जाई आ फर्जी काम बंद हो जाई.
रेल एसपी के कहना बा कि रेलपुलिस के निर्देश दे दीहल गइल बा कि अपराधियन के देखते गोली मार दीहल जाव आ रेल यात्रियन के जान माल आ रेलवे के संपति के सुरक्षा सुनिश्चित करावल जाय.

Tags: , , , ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: