काल्हु जिला पंचायत अध्यक्ष पद खातिर परचा दाखिला का साथही पता चल गइल कि यूपी के 33 गो जिला पंचायत पर अकेले सपे के उमीदवार परचा दाखिल कइले बाड़न आ एह लोग के चुनाइल तय बा. बाकी 41 गो जिला में बसपा भा भाजपा के उमीदवारन के परचा दाखिला कइला का चलते ओहिजा चुनाव करावे के पड़ी.
पूर्वांचल के आठ गो में से पाँच गो जिला में सपा निर्विरोध उभरल बिया. एह जिलन में मऊ से अंशा यादव, भदोही से काजल यादव, आजमगढ़ से मीरा यादव, बलिया से सुधीर पासवान आ गाजीपुर से वीरेन्द्र यादव के नाम शामिल बा. बलिया से कवनो यादव उमीदवार एहसे ना आइल काहे कि एकरा के सुरक्षित क दीहल गइल बा.
अध्यक्ष के चुनाव जिला पंचायत सदस्य करेलें आ एह 33 जिलन में पंचायत सदस्यन में सपा के दबदबा देखत दोसर कवनो उमेदवार परचा दाखिलो करे के जहमत ना उठवले.
सपा के कहना बा कि एह नतीजन से साफ बा कि विपक्ष के औकात मालूम हो गइल बा. पहिले लोग पंचायत में अपना जीत के डींग मारत रहुवे बाकिर अब चुप्पी साध लिहले बा.
288 total views, 5 views today