Go to ...
RSS Feed

अपराध आ हादसा के खबर भोजपुरी पट्टी से


सारण जिले के डोरीगंज इलाका के चिरांद गांव का लगे नक्सली हमला में आरा छपरा पुल बनावे के काम में लागल कंपनी के जेनरेटर रूम के उड़ा दीहल गइल.
पश्चिम चंपारण के बैरिया इलाका के रेता में कई साल से फरार एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस.
रोहतास जिला के चेनारी इलाका के कुरमाबाद गांव का लगे भइल एगो सड़क हादसा में शनिचर का दिने दू गो भाईयन के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले.
पश्चिम चंपारण के रामनगर इलाका के नरैनापुर मुहल्ला से दू गो अपराधियन के असलहा समेत ध लिहलसि पुलिस.
गोपालगंज में एगो नलकूप ऑपरेटर समेत दू लोग के हत्या करे वाला दू जने के उमिर कैद के सजा सुना दिहलें प्रथम अपर जिला अउर सत्र न्यायाधीश.
जौनपुर के सरपतहां इलाका में लखनऊ जात रोडवेज के एगो बस पलट गइला आ ओकरा ड्राइवर के मौत हो गइल. तीन जने सवारी घवाहिल हो गइल बाड़ें.
जौनपुर के जलालपुर के एगो नवही काल्हु मोटरसाइकिल से लवटत घरी गिरल साइड स्टैंड का चलते मोटर साइकिल से फेंका गइल आ पीछे से आवत एगो ट्रक ओकरा के कचारत निकल गइल. मोटर साइकिल पर बइठल ओकर महतारियो घवाहिल हो गइल बाड़ी आ उनुका के वाराणसी अस्पताल में भरती करावल गइल बा. हादसा काजीसराय से लवटत घरी पिंडरा में भइल. दू महीना पहिलहीं एह नवही के बिआह भइल रहे.
मुगलसराय टीसन पर शुक का रात सवारी डिब्बा में कछुआ के तस्करी करत चार गो तस्करन के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से बरामद 73 गो कछुअन के गंगा नदी में छोड़वा दिहल गइल.
मऊ के हलधरपुर इलाका के कुड़वाबर ब्रह्मस्थान का नियरा शनिचर का साँझे अइलख गाँव के एगो किसान के गोली मार के हत्या क दिहले सँ बदमाश.
गाजीपुर में बिरनो इलाका के नसरतपुर पुलिया का लगे ट्रक से धक्का लगला का बाद बाइक सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल. दुनू नवही जमानियां के रहले.

Tags: , , , , , , ,

More Stories From अपराध

%d bloggers like this: