यूपी में करीब आधा जगहा के जिला पंचायत अध्यक्षन के निर्विरोध चुनाव का बाद अब बाकी बाचल जगहा पर 7 तारीख के चुनाव करावल जाई. हालांकि अबहीं नाम वापसी के समय बाकी बा आ कुछ अउरियो जिला पंचायत अध्यक्षन के चुनाव निर्विरोध होखे के उमेद बाकी बा. आजु साँझ ले सगरी बात साफ हो जाई. कुछ जगहा पर परचा रद्द भइला का चलतहु निर्विरोध चुनाव हो गइल बा, जइसे कि गाजीपुर आ जालौन में.
195 total views, 2 views today