web analytics

भूईंडोल से नाहियो त आधा दर्जन लोग के मौत

आजु सबेरे देश के पुरुबउत्तर वाला हिस्सा में आइल भूईंडोल से नाहियो त आधा दर्जन लोग के मरे के खबर बा आ करीब नब्बे लोग घवाहिल भइल बा. एह भूईंडोल के असर बिहारो में महसूस कइल गइल. बाकिर झटका हलुका रहला का चलते एहिजा जान माल के नुकसान के कवनो खबर नइखे.
सबले बेसी नुकसान मणिपुर में भइल बा जहाँ छह लोग के जान चल गइल. तामेंगलोंग में अनेके मकान ढह गइल बाड़ी सँ आ कुछेक में दरार पड़ गइल बा. इम्फाल में बिजली सप्लाई रोक दीहल गइल बा.
भारतीय राष्‍ट्रीय महासागर सूचना सेवा केंद्र के कहना बा कि म्‍यामां-भारत सीमा वाला इलाका में आइल एह भूईंडोल से सुनामी आवे के कवनो अनेसा नइखे लागत. भूईंडोल के केन्द्र जमीन के 10 किलोमीटर भीतर रहुवे.

 230 total views,  15 views today

%d bloggers like this: