Go to ...
RSS Feed

करजा में डूबल बिजली कंपनियन के उबारे के कोशिश


देश में करजा में डूबल बिजली वितरण कंपनियन के उबारे का कोशिश में केन्द्र सरकार के उज्ज्वल डिस्कॉम एश्युरेंस योजना (उदय) का तहत आज पहिला समझौता पर दस्तखत होखे वाला बा.
ई समझौता केंद्र सरकार के बिजली मंत्रालय, झारखंड सरकार, आ झारखंड के बिजली वितरण कंपनी (जे.बी.एन.एल.) का बीच होखे जा रहल बा. काल्हु चार गो अउरी बड़का राज्य – उत्तर प्रदेश, बिहार, ओडिशा अउर महाराष्ट्र – एह उदय में शामिल होखे के हामी भर दिहले बाड़ें.

Tags: , , ,

More Stories From देश-दुनिया

%d bloggers like this: