सऊदी अरब में शिया धर्म गुरु के फाँसी चढा दिहल गइल त ईरान में ओकरा दूतावास पर शिया लोग बवाल क दीहल. एकरा बाद सउदी अरब ईरान से सगरी नाता तूड़ लिहलसि आ अपना किहां से ईरानी लोग के निकल जाए के आदेश दे दिहलसि. एह झगड़ा का बाद सऊदी अरब का साथे ओकर अउरिओ सुन्नी देश ईरान से नाता तूड़ल शुरु क दिहले बाड़ें. सगरी बवाल तब शुरु भइल जब सउदी अरब में शिया लोग के हक मांगे वाला शिया धर्म गुरू शेख निम्र-अल-निम्र के शनिचर का दिने फांसी दे दीहल गइल.
अब दुनिया के बाकी देश एह झगड़ा के सलटावे में लागल बाड़ेंल अमरीकी विदेशमंत्री जॉन कैरी दुनू देश के विदेशमंत्रियन से बतियावत बाड़ें त ब्रिटेन, फ्रांस अउर जर्मनी आपन फिकिर जतावत बाड़ें. रुस एह झगड़ा में बिचवनिया बने के प्रस्ताव ले के आइल बा.
236 total views, 10 views today